खुंड़िआरी पर राजनीत ,
आ सड़क पर लाठा लाठी |
कान फुंकईया अन्हे-अन्हे
मुंहसोझा भतराकाटी |
हुनकर नोचल हुनकर चोथल
नेकी हुनकर इनरा डारी |
मने-मने लुत्ती लागल
मुंहझौंसा, बढ़नीमारी |
बीख चढ़ल नकिया पर
जिभीया माई बहिन के दे गारी|
बड़ा ठसक बा गांव के हमरा
रउओ कबो झाँकी पारी |
आ सड़क पर लाठा लाठी |
कान फुंकईया अन्हे-अन्हे
मुंहसोझा भतराकाटी |
हुनकर नोचल हुनकर चोथल
नेकी हुनकर इनरा डारी |
मने-मने लुत्ती लागल
मुंहझौंसा, बढ़नीमारी |
बीख चढ़ल नकिया पर
जिभीया माई बहिन के दे गारी|
बड़ा ठसक बा गांव के हमरा
रउओ कबो झाँकी पारी |