बबुआ के
बाप-दादा कोदो
खात रहले
बबुआ के
मिलल दाल-भात
भारत देश में
|
बबुआ के
बाप जानस पढ़े-लिखे कुछु
नाहीं
बबुआ के
मिलल शिक्षा-अधिकार
भारत देश में
|
बैलगाड़ी ,छकड़ा
आ हाथी-घोडा
बाप जनले
बबुआ जानेले मंगलयान भारत देश
में |
बाटे दिक्दारी
बहुत देश में
बीमारी बहुत
धीरे-धीरे
होते बा सजी
के इलाज भारत देश
में |
काहें करीं
हाय-हाय ; काहें
रोयीं भायँ - भायँ
अपना कमीनी
के करीं जयगान
भारत देश में
|
धरीं, तनी
धीरा धरीं , आपन
काम नीके करीं
आपनहूँ दिहिं
जोगदान भारत देश
में |
देश के
प्रशासन ,संविधान आ विधान
के
दिल के
भीतर से करीं
समान भारत देश में
|
आईं, रउओ
साथे आईं , एके
सुर में गीत
गाईं
ई देश
ह महान आ
जनता महान भारत
देश में |