जा तारs परदेश पिया त
देश हीक भर देख के जा |
काs जाने जब अइबs तबलेक
देश रही कि ना ?
****जइसन दुनिया लउकेले उ ओइसन ना ह
****ई दर-देवाल-आंगन–घर मुर्दा पत्थर ना ह
***** जब संगिरहा करेवाला ना बाचि केहू
दर -देवाल - आँगन -घर
तब मजबूत रही कि ना ?
काs जाने जब अइबs तबलेक
देश रही कि ना ?
****रूप-जवानी के संगम बस थोरे दिन के होला
****भंवरा आ कली के मिलना बस बसंत में होला
*****भले भंवरा बसंत गईल पर निकट कली के जाओ
मुरझाईल कली के सुंदर
रूप रही कि ना ?
काs जाने जब अइबs तबलेक
देश रही कि ना ?
****रूप रंग रस गंध के सेवन बूढ देह बदे ना ह
****थाकल तन पाकल मन के जिनगी के भरोसा का ह
*****ई हरमेशा के छुदुर जीवन रही सदा लुलुवाईल
बाकिर भोग करें खातिर
संजोग बची कि ना
का जाने जब अइबs तबलेक
देश रही कि ना ?
जा तारs परदेश पिया त
देश हीक भर देख के जा |
काs जाने जब अइबs तबलेक
देश रही कि ना ?
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें