फेनु मनबढुवी कईल जाव फेनु बदमाशी के काम
चल इयारवा फेनु चलल जाव हमरा महबूबा के गांव |
फेनु से हुरदंग होखे फेनु से कुछुओ धमाल
घर के पिछुवारे चहुँप के हम करीं उनका के चाल |
उ निकल के छत पर आवस झारत आपन भींजल बाल
हम तनी सिसुकी भरीं छाती प रख के आपन हाथ |
उ देखावस जीभ हमके जइसे हमसे ना पहिचान
हम करीं अइसन इशारा जे उनका बिन निकली परान|
एके छने रंग बरसी चारू और छायी बहार
जब झटक के बान्ह लीहें केश के जुड़ा सम्हार |
दिन थथम जाइ तबे चिहुंकी तनी पुरुवा बेयार
केकरा भलुक नीक लागि दू गो प्रेमीजन के प्यार |

कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें