झूठ फरल बा एतना कि झूठ बेंच के तेल कीनाता !
तेल मालिश करेवाला के लाज शरम तनिको ना बुझाता !
लाज धरे दोसरा के ; अपना पिछुवारी में फेड़ रोपता !
नाच-नाच पिछुवारी देखलावे, से इहे फेड़ से झूठ तुराता !

झूठ तुराता एतना कि अगल बगल में खूब बंटाता !
झूठ बंटाता दुनिया में गोतनी के हिस्से लेंढा जाता !
लेंढा के पेंड़ा जोहत गोतनी के उलटी हो जाता !
उलटी से लोगवा बुझात बा पूत-जनम हाले नियराता !

कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें