रउआ देखनी ह ;मुँहवा- साँच के ?
पुरनका ना ; टटका ,आज के ?
करिया बा ?
आ कइसन ओकर बाबडिया बा ?
लोग कहत रहल हा गोर बा
झुलुफियो मुड़िया पर थोर बा !
रउआ देखनी हा कपडा लत्ता ?
आ लोगवा देखल हा लंगटा !
लोग लाबजा बा की रउआ जी ?
रउआ साँच बोलतानी की बनौआ जी ?
अब एकर कवन परमान हा :कवन जाँच हा ?
जाये दी ! सभकर आपन आपन साँच हा !
पुरनका ना ; टटका ,आज के ?
करिया बा ?
आ कइसन ओकर बाबडिया बा ?
लोग कहत रहल हा गोर बा
झुलुफियो मुड़िया पर थोर बा !
रउआ देखनी हा कपडा लत्ता ?
आ लोगवा देखल हा लंगटा !
लोग लाबजा बा की रउआ जी ?
रउआ साँच बोलतानी की बनौआ जी ?
अब एकर कवन परमान हा :कवन जाँच हा ?
जाये दी ! सभकर आपन आपन साँच हा !
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें