एगो चप्पल नया किनाइल पिछला खिचड़ी के मेला में !
अबले धईले बाड़े काका पैकिंग सहित्ते झोरा में !
जब जइहें ससुरारी ओहिदिन पैकिंग उ खोलिहें !
भले पैकिंग खोल दीन्हे बाकिर गोड़ में न डलिहें !
हाथ में चप्पल कान्हे कुरता ससुरारी टांगले जइहें !
जब सीवान नियराई देह में कुरता तब डलिहें !
चप्पल के त पारी आई ससुर जी के दुअरा पर !
हाथ के चप्पल गोड़ में जाई सरहज के पाँव छूवला पर !
बहुते नया चप्पल बा पाहून सारिन सारहा जब कहिहैं !
फाटल गोड़ के पीर भुला खूब ठठा के काका हसिहें !
फेन बिदाई के बेरा हाथे चप्पल कान्हे कुरता !
घरे वापस अइहें काका खेते खेते घूमता फिरता !
कुरता खूँटी पर टाँगल जाई चप्पल जाई बक्सा में!
दुन्नु के फेर नंबर आई अगिला ससुरारी जात्रा में !

कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें